Kishore Kumar Hits

Chitragupta - Jug Jug Jiyaasu Lalanwa lyrics

Artist: Chitragupta

album: Piya Ke Gaon


जुग-जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो
ललना लाल होइहें कुलवा के दीपक, मनवा में आस लागल हो
(जुग-जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो)
(ललना लाल होइहें कुलवा के दीपक, मनवा में आस लागल हो)

आजु के दिनवा सुहावन, रतिया लुभावन हो
ललना, दीदिया के होरिला, जनमले, होरिलवा बड़ा सुंदर हो
(ललना, दीदिया के होरिला, जनमले, होरिलवा बड़ा सुंदर हो)

नकिया त हवे जइसे बाबुजी के, अखियाँ ह माई के हो
ललना मुँहवा ह चनवा सुरुजवा त सगरो अंजोर भइल हो
(ललना मुँहवा ह चनवा सुरुजवा त सगरो अंजोर भइल हो)

सासु, सुहागिन बड़ भागिन, अन्न-धन लुटावेली हो
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया, आँगनवा उठे सोहर हो
(ललना दुअरा पे बाजेला बधइया, आँगनवा उठे सोहर हो)

नाची-नाची गावेली बहिनिया, ललन के खेलावेली हो
ललना हँसी-हँसी टिहुकी, चलावेली, रस बरसावेली हो
(ललना हँसी-हँसी टिहुकी, चलावेली, रस बरसावेली हो)
(जुग-जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो)
(ललना लाल होइहें कुलवा के दीपक, मनवा में आस लागल हो)

Поcмотреть все песни артиста

Other albums by the artist

Similar artists